आपन पराया
“तनी रास्ता छोडेम” आवाज कानमे पडते ही विभा अपन तंद्रासे जाग उठली । एगो महिला आपन गर्भवती बेटीके संगे उन्का कोच के तरफ आवत रहली । विभा एक अंगडाई लेलीन आ आपन नयां सहयात्रीलोग के तरफ देखे लगलीन ।
गर्भवती महिला के सायद आठ या नव महिना चलरहलरहे । आपन भारीभरकम शरीरके बडा मुश्किलसे संभालते अपना खातिर स्थान बनावत रहली । उनकर माईके आखनमे उनका प्रति कोफतके भाव साफस्पष्ट रहे । कोचमे ६ लोग खातिर सीट होखेला बाकी सीटके उपर दाया बायां एतना ना सामान फैलल रहे कि लागत रहे सारा शहरके लोग इहे डिव्बा मे सवार होखेवाला बा ।
