Skip to content


शिक्षा शिक्षा वाह रे शिक्षा
तु हो हव कमाल के भिक्षा
दीन के घर मे जाएके घबडा ल
सुखि के घर मे दौड के जा ल

तोहरो भइल विकाश खुब बा
चारो तरफ स्कुले स्कुल बा
नइखे कमी शिक्षक के भी
नइखे कमी भिक्षक के भी

जइसे भेडा लोग नेता होजाले
ओइसे गेंडा लोग शिक्षक होजाले

अब समय अइसन आइल बा
का गेंडा का भेडा
बकरीयो पढावेला
अपना के शिक्षक कहवावेला

शिक्षा शिक्षा वाह रे शिक्षा
तु हो हव कमाल के भिक्षा

अब समय अइसन आइल बा
प्रशासन से बिना पुछले
शिक्षालय खुलजाता
एकर परिणाम
पाठ्यपुस्तक, परिक्षा अउर
मुल्यांकन मे, अपन मर्जी चल जाता

शिक्षा शिक्षा वाह रे शिक्षा
तु हो हव कमाल के भिक्षा

देख, देख शिक्षालय देख
हई लइका के भागल देख
इहा पढाइ होला खुब
लइका हो गइल बा खरबुज
पढेके क, ख, ग, घ, ङ…

पढता “इलु इलु क्या है”
शिक्षा शिक्षा वाह रे शिक्षा
तु हो हव कमाल के भिक्षा

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *