रमेशः बर्फके टुकडा हाथमे लेके गौरसे देखत रहे
सुरेशः का कररहल बाड?
रमेशः देख रहलबानि कि इ लिक कहासे होरहल बा ।
विनोदः प्रमोद आव चेस खेलल जाव ।
प्रमोदः तु चल हम स्पोर्ट जुत्ता पहिनके आवतानी ।
पत्नीः एगो भिखारी हमर बेइज्जति कइले बा ।
पतीः उ कैसे?
पत्नीः काल हम ओकरा खाना खियवले रनी । आजु उ हमरा एगो किताब देके गइलबा– खाना कइसे बनावलजाए?
विनोद कपडा किने गइल
विनोदः शर्टके कपडा देखाव
दोकानदारः प्लेनमे देखाई?
विनोदः ना हेलिकोप्टरमे देखाव, विनोदके देखलन ना आ मजाक शुरु….
एगो इन्जिनियर, एमबिए आ विनोद नावपर जातरहे । रास्तामे भुत नावके रोक देलख
भुतः समुन्द्र मे कुछ अइसन फेक कि हम खोज नासकि । खोजलेनी त तोहनीके मौत होई, नाखोजनी त तोहनीके गुलाम बनजाएम ।
इन्जिनियर एगो सुई फेखलस, भुत ओके खोजके मारदिहलस
एमबिए आपन फोनके मेमोरी कार्ड फेखलस, भुत ओकरो के खोजलेलस
अब विनोदके पाली आइल
विनोद पानीमे डिस्प्रीनके गोली फेखलस, भुत खोजे नासकल ।
विनोदः बडा आदमीके खात रलह, चल अब घरे चल हमर मेहरारुके पीटाई खइय ।
एगो केस के दौरान वकिल बडाहि उत्साहित होके बहस कर रहल रहे ।
जजः तु आपन हद नाघ रहलबाड ।
वकिलः कौन साला अइसन कहेला ।
जजः तोहर इ हिम्मत, तु जज के साला कहलह
वकिलः ना श्रीमान् हम त कहनी ह कउन सा लां अइसन कहेला ।
प्रमोदके पत्नी प्रमोदसेः बताव उ कौन चिज ह जेके तु रोज देखत सकेल बाकि तुड नासकेल ।
प्रमोदः रहेद बेकारमे बखेडा होजाई
पत्नीः बताव ना
प्रमोदः तोहर मुह, बंदरीया अउर का ।
प्रमोदके भगवानजी दर्शन दिहले
प्रमोदः भगवानजी रउआ औरतनके एतना खुबसुरत काहे बनवनी
भगवानः ताकी तु उनकाके प्यार कर सक ।
प्रमोदः फेर रउवा ओकनीके एतना बेवकुफ काहे बनवनी ।
भगवानः ताकी ओकनीयो तोहराके प्यार कर सके ।
विनोदः मोबाइलमे कुछ गाना डाउनलोड करवाएके बा ।
दोकानदारः मेमोरी कार्ड बा?
विनोदः ना विधार्थी कार्ड बा चलि?
बेटाः पडोसी के लडकीके इंगलिस नाआवेला ।
बापः तोहरा केतरे मालुम बा?
बेटाः हम ओकरा कहनी ह “GIVE ME A SWEET KISS” त थप्पड मार दिहलस गवार लडकी ।
एगो ट्रक दोसर ट्रकके रस्सीसे बाध के लेजात रहे ।
इ देखके प्रमोद हंस हंसके कहेलागल “एगो रस्सीके लेजाए खातिर दु दु गो ट्रक”
